dcsimg

दिघोंच ( Bihari languages )

provided by wikipedia emerging languages

 src=
दिघोंच (Anas acuta) के अंडा के चित्र।

दिघोंच (अंगरेजी: Northern pintail, बै॰:Anas acuta) चिरइन के एगो प्रजाति बाटे। ई पनिहा चिरई हवे आ अपना आकृती में बत्तख आ हंस के बीच के होखे ले आ साइज में ई माझिल आकार के होखे ले। नर आ मादा के बीचा में रंग-रूप में भरपूर लैंगिक बिसमरूपता पावल जाले, मने कि दुनों के रंगरूप अलग-अलग होखे ला।

ई एगो प्रवासी चिरई हवे आ गरमी के दिना में उत्तरी ठंडा प्रदेश में रहे ले आ एही इलाका में इनहन के प्रजनन भी होखे ला। जाड़ा के दिन में ई दक्खिन उतर आवे लीं आ गर्म-इलाका में आ जालीं जे में पूरा मानसूनी इलाका सामिल बा आ कुछ समशीतोष्ण इलाका भी। ई आस्ट्रेलिया महादीप के छोड़ के बाकी सगरी महादीप में मिले ले। हालाँकि, अफिरका, दक्खिनी अमेरिका (एकदम उत्तरी हिस्सा) आ दक्खिन एशिया में ई बस जाड़ा भर प्रबास पर रहे लीं।

प्रजाति के बिलुप्त होखे के आधार पर इनहन के खतरा मुक्त श्रेणी में रखल गइल बा काहें की ई भरपूर संख्या में पावल जालीं।

संदर्भ

  1. BirdLife International (2013). "Anas acuta". IUCN Red List of Threatened Species. Version 2013.2. International Union for Conservation of Nature. पहुँचतिथी 26 मई 2016.CS1 maint: Uses authors parameter (link)

license
cc-by-sa-3.0
copyright
Wikipedia authors and editors

दिघोंच: Brief Summary ( Bihari languages )

provided by wikipedia emerging languages
 src= दिघोंच (Anas acuta) के अंडा के चित्र।